सातो बहिनिया अईली लिरिक्स Sato Bahiniya Aili Bhajan Lyrics Durga Bhajan
जय जय शेरावाली माँ,
जय जय जोतावाली माँ,
जय जय शेरावाली माँ,
जय जय जोतावाली माँ,
सातो रे बहिनिया अईली कस के स्नानवा,
बईठली सिंगार करे तस ले परल ध्यानवा....
जय जय शेरावाली माँ,
जय जय जोतावाली माँ....
हां.. सातो रे बहिनिया अईली कस के स्नानवा,
बईठली सिंगार करे तस ले परल ध्यानवा,
लागल भैरो भईया के फिकिरवा हो फिकिरवा,
अरे नाक के नथुनिया खोजी लाउ रे मलिनिया......
गिरल बाटे गंगा जी के तीरवा,
नाक के नथुनिया खोजी लाउ रे मलिनिया,
गिरल बाटे गंगा जी के तीरवा.....
मने मने मईया निराश बाड़ी हो,
बईठल भैरो के पास बाड़ी हो....
के खोजी लाई मोरा सोना के नथियावा,
जोहत सेवकन के आस बाड़ी हो,
मने मने मईया निराश बाड़ी हो,
बईठल भैरो के पास बाड़ी हो.....
के खोजी लाई मोरा सोना के नथियावा,
जोहत सेवकन के आस बाड़ी हो,
मोतिया मोढ़ावल बाटे हिरवा अरे हिरवा,
नाक के नथुनिया खोजी लाउ रे मलिनिया....
गिरल बाटे गंगा जी के तीरवा,
नाक के नथुनिया खोजी लाउ रे मलिनिया,
गिरल बाटे गंगा जी के तीरवा......
पुजवा के बेर भईल देर होता जी,
धरे खातिर कलशा कुबेर होता जी,
अरुण बिहारी पवन पूजे खातिर पउवा....
बईठल बईठल गदबेर होता जी,
पुजवा के बेर भईल देर होता जी,
धरे खातिर कलशा कुबेर होता जी,
अरुण बिहारी पवन पूजे खातिर पउवा....
बईठल बईठल गदबेर होता जी,
छोटुवो धरवले माई के धीरवा मन में धीरवा,
नाक के नथुनिया खोजी लाउ रे मलिनिया....
गिरल बाटे गंगा जी के तीरवा,
नाक के नथुनिया खोजी लाउ रे मलिनिया,
गिरल बाटे गंगा जी के तीरवा....
श्रेणी : दुर्गा भजन
सातो बहिनिया अईली | #Pawan Singh New Devi Geet Video | Sato Bahiniya Aili | New Bhojpuri Bhakti Gana
सातो बहिनिया अईली लिरिक्स Sato Bahiniya Aili Bhajan Lyrics, Durga Bhajan, New Bhojpuri Bhakti Gana, by Pawan Sing Ji, New Devi Geet
Note :- वेबसाइट को और बेहतर बनाने हेतु अपने कीमती सुझाव नीचे कॉमेंट बॉक्स में लिखें व इस ज्ञानवर्धक ख़जाने को अपनें मित्रों के साथ अवश्य शेयर करें।